Monday, January 3, 2011

हम भोजपुरिया हई ...

"हम भोजपुरिया हई" चाहे "मैं भोजपुरिया हूँ" ... इ दुनो बात सुने खातिर मन हमेशा बेचैन रहेला, अइसन बात नइखे की आज के नौजवान लोग भोजपुरी ना बोलेला लोग लेकिन एह तरह के लोगन के संख्या दिन पर दिन कम होत जाता I एक तरफ एगो अइसन तबका बा जे भोजपुरी के विकाश खातिर बिहार और बिहार के बाहर बहुत जोर शोर से हमेशा तत्पर लउके ला , लेकिन इहे समाज में एगो अइसन तबका बा जे इ भाषा के अश्लील बनाके आपण घर भरता लोग , आ इगो बहुत बरका कारन होगइल बा जेकरा चलते भोजपुरी भाषा के पहचान धूमिल होता , आज हमनी के अपना घर में नातअ भोजपुरी गाना सुन सकेली सन नाही कौनो फिल्म देख सकेनी सन .. काहे की आज काल के सिनेमा इतना भद्दा और अश्लील होगइल बा की अपना आप पे शर्म आवेला ! एकर अनुमति अब हमनी के ना देम सन की कोई हमनी के भाषा के गन्दा कर के बाजार में बेचदे .. कौनो न कौनो उपाए अब सोचाही के पड़ी नात बड़ा देर होजाई ..

pic source:www.ecards-passion.net

1 comment:

Puneet Pushkar said...

इ स्थिति एह से बा कि भोजपुरीभाषी लोग खुदे एह बात पर ध्यान नइखे देत.अपना भाषा के खुदे बचावे के पड़ी.